बलिया टीडी कालेज बंद कर दिहल गइल
-

कर्मचारियन के हड़ताल से अँउजिया के बलिया के मुरली मनोहर टाउन दिग्री कॉलेज के प्राचार्य कॉलेज के अनियत काल ले ब्द कर दिहलें. एह चलते नया विद्यार्थियन के दाखिलो रुक जाई. कर्माचारियन के शिकायत बा कि प्रयोगशाला सहायक खातिर सीधे बहाली काहे कइल गइल. ओह लोग के कहना बा कि एहमें प्रोन्नति का आधार पर बहाली कइल चाहत रहुवे. ऊ लोग इहो आरोप लगवले बा कि एह बहाली में धन उगाही भइल बा.

0 Comments

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..