जीते के रहबे कइलें जीतिओ गइलन प्रणब मुखर्जी

राष्ट्रपति चुनाव में पी॰ ए॰ संगमा से सीधा चुनावी लड़ाई में प्रणव मुखर्जी के अनुमान से अधिका आ संगमा के उमेद से कम वोट मिलल. चुनाव हरला का बाद संगमा कहलन कि ई हार भारत के जनजाति समुदाय के ह आ भारत के लोग जनजातियन से एका देखावे के एगो मौका चूक गइलें. कहलन कि एह चुनाव के अदालत में चुनौती देबे का बारे में ऊ सोच विचार के आ राय विचार कर के फैसला लीहें काहे कि एह चुनाव में बहुते गड़बड़ी भइल बा.

ओने टीम अन्ना आजु प्रणव मुखर्जी पर सीधा निशाना लगावत कहलसि कि प्रणव मुखर्जी का खिलाफ भठियरपन के बहुते आरोप बा बाकिर दुख बा कि अब ओह पर कुछ ना कइल जा सके काहे कि प्रणव मुखर्जी के अब राष्ट्रपति के सुरक्षा आ विशेषाधिकार मिल गइल बा. कहल लोग कि आरोप के फेहरिस्त नौ अगस्त के पेश कइल जाई.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *