बिहार में मेडिकल कॉलेजन के सीट बढ़ावल गइल

विधानसभा में बिहार के स्वास्थ्य मंत्री जानकारी दिहलें कि २०१२ के सत्र से मेडिकल कॉलेजन के कुल सीट नौ सो कर दिहल गइल बा जवन पहिले सात सौ शाठ रहुवे. कहलन कि तीन सी दस सीट अउरी बढ़ावे खातिर केन्द्र से कहल गइल बा. एह खातिर मेडिकल काउन्सिल के निर्देश का हिसाब से जरूरी पद बना के ओह पर बहाली कइल जा रहल बा. कहलन कि बेतिया, पावापुरी आ मधेपुरा के नयका मेडिकल कॉलेजन में सौ सौ सीट के मान्यता लेबे के कोशिश होखत बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *