राजनीति : नरेन्द्र मोदी का खिलाफ नीतीश फेर अड़ंगा लगवलें

बिहार के मुख्यमंत्री एकदम ना चाहस कि नरेन्द्र मोदी के भाजपा के नेता बनावल जाव आ ऊ एनडीए के नेता बन जासु. पिछला दिने नीतीश फेरू भाजपा अध्यक्ष नीतिन गडकरी से आश्वासन मँगलन कि नरेन्द्र मोदी के भाजपा अपना ओर से प्रधानमंत्री के उम्मीदवार ना बनाई.

ओने लाकृष्ण आडवाणी अपना ब्लॉग पर लिखले बाड़न कि अगिला चुनाव का बाद ना त कांग्रेस ना भाजपा के प्रधानमंत्री बन पाई. ई अलग बात बा कि जेही बनी ओकरा कांग्रेस भा भाजपा के समर्थन लेवहीं के पड़ी. आडवाणी के एह बयान के कांग्रेस आलोचना कइले बिया. शायद आडवाणीओ नइखन चाहत कि नरेन्द्र मोदी के नेता बनावल जाव आ ओह हालत में ऊ शायद नीतीश कुमार के नेता बनवावल चाहसु.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।