डेंगू बिहार में डेग धरले जात बा बाकि सरकार के कहना बा फिकिर नाट

बिहार में डेंगू के अढ़ाई सौ मरीज मिलला का बावजूद राज्य सरकार एकरा से चिन्तित नइखे. ओकर कहना बा एहमें ना त चिन्ता के कवनो बात बा ना कतहीं भयावह हालात बनल बा. सरकार एह बीमारी पर काबू करे के हर कोशिश करत बिया. आ कवनो मरीज के कवनो दिक्कत ना होखे दिहल जाई.
बिहार में डेंगू से भागलपुर आ पटना सबले बेसी प्रभावित बा. समस्तीपुर, सिवान वगैरह जिलो में एकर असर मौजूद बा.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।