मनोज तिवारी के मर्द नम्बर वन
-

भोजपुरी सिनेमा के मेगा स्टार मनोज तिवारी मृदुल के एक्शन अवतार दर्शक लोग आदिशक्ति इंटरटेनमेंट आ प्रीतम रेड्डी के प्रस्तुति मर्द नम्बर वन में जल्दिये देखेवाला बा. राहुल मूवीज मेकर्स का बैनर मे बनत एह फिल्म में मनोज तिवारी के एकदमे नया लुक बा. उनकर भूमिका एगो अइसन युवक के बा जेकरा अपना प्यार के पावे खातिर कई गो खतरनाक मोड़ से गुजरे पड़त बा. फिल्म के नायिका नया तारिका सायरा बानो बाड़ी.

एह एक्शन फिल्म के निर्माण निरहुआ न॰ १ आ खिलाड़ी न॰ १ बनावे वाला बी ओबुल रेड्डी कइले बाड़े आ निर्देशन कइले बाड़े रमना मोगली. फिल्म में मनोज तिवारी कई गो स्टँट सीन बहुते बढ़िया से कइले बाड़न. मशहुर कामेडियन मनोज टाइगर, मुख्तार खान, मधु, चिट्टी बाबू, आ विकास सिंह के एह फिल्म में मजगर भूमिका बा. गीत कुल नौ गो बाड़ी सँ जवना के विनय बिहारी आ प्यारेलाल यादव लिखले बाड़े. संगीत राजेश रजनीश के ह. कथा पटकथा बी ओबुलसुब्बा रेड्डी के, संवाद सुरेन्द्र मिश्रा के, छायांकंन मोहन चांद के, एक्शन नन्दू के, आ डांस डायरेक्शन मोहन सम्राट के बा. कार्यकारी निर्माता एम किशोर हउवें.

फिल्म के आजकल डबिंग के काम चल रहल बा आ मई का महीना मे एकरा के रिलीज करे के प्लान बा.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)

0 Comments

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..