निरहुआ-रिंकू घोष ‘रखवाला’ में

भोजपुरी जुबली स्टार दिनेशलाल यादव ‘निरहुआ’ आ स्टार अदाकारा रिंकू घोष क जोड़ी असलम शेख प्रोडक्शंस के भोजपुरी फिल्म ‘रखवाला’ में एक बेर फेर धमाल मचावत नजर आई. एह जोड़ी पर एह फिल्म में एक से बढ़के एक हिट गाना आ सीन फिल्मावल गइल बा. सुजीत तिवारी के सी.पी.आई. मूवीज के एह प्रस्तुति में निरहुआ-रिंकु के लव एंगल बा. निर्माता इश्तियाक शेख ‘बंटी’ आ रितु शर्मा के एह फिल्म के निर्देशक हउवें असलम शेख.

फिल्म के अउरी कलाकारन में अवधेश मिश्रा, संजय पाण्डेय, ब्रजेश त्रिपाठी, माया यादव, संतोष श्रीवास्तव, उल्हास, एन. आर. शेट्टी, सोनिया मिश्रा, मनोज भावुक अउड़ सीमा सिंह के खास भूमिका बा. गीतकार हउवें विनय बिहारी आ प्यारेलाल यादव, संगीतकार धनंजय मिश्रा, कार्यकारी निर्माता अशोक कक्कड़, सह निर्माता विक्की कक्कड़ आ बिल्किस शेख, संवादलेखक सुरेन्द्र मिश्रा, छायांकनकरेवाला अकरम खान, एक्शन करवले बाड़ें शकील शेख, आ नृत्य निर्देशक बाड़ें पप्पू खन्ना आ कानू मुखर्जी. आजुकाल्ह एकर पोस्ट प्रोडक्शन के काम चलत बा.


(प्रशांत निशांत के रपट)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।