भोजपुरी फिल्म ‘डर’ के म्यूजिकल लांचिंग

ईशा हर्ष फिल्म्स प्रोडक्शन के बैनर तले बने जात भोजपुरी फिल्म ‘डर’ के म्यूजिकल लांचिंग पिछला दिने मुंबई में वीरा देसाई के जीप ट्रैक स्टूडियो में आलोक कुमार आ प्रियंका सिंह के गावल रोमांटिक गीत से करावल गइल. संगीतकार हउवें छोटे बाबा आ गीतकार बाड़ें विनय बिहारी, अशोक सिन्हा अउर राजेश मिश्रा.

निर्माता अभय सिंह, निर्देशक पराग पाटिल, लेखक शंकर सैदपुरी, कैमरामैन जगविन्दर हुन्डल आ एक्शन मास्टर हीरा यादव. फिल्म का कहानी का बारे में निर्देशक पराग पाटिल बतवलें कि कवनो वजह से बिछड़ गइल दू गो भाईयन के कहानी बा एहमें. दुनु के बिछड़ल अतना दिन हो गइल बा कि एक दोसरा के चिन्ह ना सकसु. एह माहौल में एहो लड़िकी एहलोग का जिनिगी में आवत बिया जे दुनु के मतभेद मेटावत बिया.

निर्माता अभय सिंह एह फिल्म से पल्लवी सिंह के ले आवत बाड़न. बाकी कलाकारन आ तकनीशियन के चुनल जात बा. शूटिंग अक्टूबर से उत्तर प्रदेश के गोरखपुर में शुरु होखी.


(समरजीत के रपट)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।