भोजपुरी फिल्म ‘घुस के मारब’ के म्यूजिकल लांचिंग

डी.एस. फिल्म इंटरटेनमेंट के बैनर तले बने जात भोजपुरी फिल्म ‘घुस के मारब’ के भव्य म्यूजिकल लांचिंग पिछला दिने वीरा देसाई (मुंबई) के एम्पायर स्टूडियो में मशहूर गायक उदित नारायण के गावल टाईटल गीत रिकार्ड कर के कइल गइल. संगीतकार परिवेश-दर्पण, गीतकार राना सिंह आ निर्देशक जितेन्द्र सुमन हउवें. जितेन्द्र सुमन एह फिल्म के संवादो लिखले बाड़ें. कहानी पटकथा शिवम तिवारी के लिखल ह जे एकर नायको बाड़न आ एहसे पहिले ‘फौजी’ जइसन बहुचर्चित फिलिम में काम कर चुकल बाड़ें.

घुस के मारब फिलिम में शिवम पुलिस इन्स्पेक्टर बनल बाड़ें जे अपराधियन का खिलाफ आवाज़ उठावत बा. फिलिम पूरा तरह से एक्शन फिल्म होखी जवना के शूटिंग सितम्बर से बनारस आ गाजीपुर में करावल जाई.

म्यूजिकल लांचिंग के मौका पर गाजीपुर के पूर्व बसपा विधायक डा. राजकुमार सिंह गौतम, विनोद गुप्ता, अरुण बाली, राहुल तिवारी, डॉ. राजेन्द्र कुमार, संदीप तिवारी, अजय पाल सिंह, अमर देवगड़े, राजेश सिंह, के. रामजी, संजय शर्मा वगैरह गणमान्य लोग मौजूद रहल.


(समरजीत के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।