झलक के सेट पर आपन जनमदिन मनइहें रवि किशन

सिनेमा भोजपुरी के सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन अबकी आपन जनमदिन “झलक दिखला जा” के सेटे पर मनइहें. शूटिंग में व्यस्तता का चलते ऊ आपन जनमदिन पार्टी अबकी तीन दिन ला टाल दिहले बाड़न.

रवि किशन हर साल १७ जुलाई के आपन जनमदिन धूमधाम से मनावेलें. एहु साल जनमदिन पार्टी के उनकर तइयारी जोरदार रहुवे बाकिर अगिले दिन “झलक दिखला जा” के शूटिंग रहला का चलते ऊ आपन जनमदिन पार्टी अब शनिचर का दिने मनइहें. एने “झलक दिखला जा” के सेटे पर रविकिशन के जनमदिन औपचारिक रूप से मनावल जात बा.

रवि किशन के कहना बा कि “झलक दिखला जा” एगो रोमांचक मोड़ पर पहुच गइल बा आ प्रतियोगिता बहुते कठिन होत जात बा. अइसन में ऊ कवनो रिस्क लिहल ना चाहत रहलें.


(उदय भगत के रपट)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।