पहिला बेर असल जेल में शूटिग भइल फिलिम कालिया ला

फिलिमन में जेल देखावल त खूब जाला बाकिर ऊ असली जेल ना होके स्टूडियो के सेट भर होला. बाकिर सिनेमा भोजपुरी के रंगबाज हैदर काजमी अपना फिलिम ‘कालिया’ खातिर असली जेल में शूटिंग कइलन आ उहो कवनो छोट मोट जेल ना बलुक नक्सल प्रभावित जहानाबाद के ‘काकोपाली जेल’ में.
बाद में हैदर काजमी बतवलन कि जब काकोपाली जेल देखलन त सोचलन कि एकर इस्तेमाल ‘कालिया’ में कइल जा सकेला. चूंकि एह जेल के अबही बनावल जात बा से शूटिंग के अनुमतिओ आराम से मिल गइल. कहलन कि काकोपाली जेल में शूटिंग कइल उनुका ला एगो नायाब अनुभव रहल.

जबरदस्त एक्शन भरल फिल्म ‘कालिया’ में हैदर काजमी, अक्षरा सिंह, अनिल यादव आ बालेश्वर सिंह के मुख्य भूमिका बा. निर्देशक हउवें शिवराम यादव.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।