भउजाइयन का बीचे जज बन के अइलें प्रो॰ आर॰ के॰ दुबे

पिछला दिने बिहार भोजपुरी अकादमी के अध्यक्ष प्रो॰ रविकांत दुबे महुआ चैनल के लोकप्रिय कार्यक्रम “भौजी नं॰ १” के सेमी फिनाले समेत कुछ कड़ियन में जज बन के भउजाइयन के प्रतिभा आँके के काम कइलें.

एह निर्णायक मंच में शामिल तीन गो जज में रविकांत दुबे का अलावे मशहूर गायिका विजया भारती आ लोकप्रिय गायक गोपाल राय शामिल भइलें. एह कार्यक्रम के एंकर हउवें प्रियेश सिन्हा. नोएडा  के फिल्म सिटी में महुआ चैनल के भव्य स्टूडियो में एह शो के कुछ कड़ियन के शूटिंग करा लिहल गइल बा.

प्रो॰ दुबे बतवलन कि फिलिम आ टीवी चैनलो का जरिए बिहार भोजपुरी अकादमी अपना साहित्यिक आ शैक्षणिक गतिविधियन के जानकारी लोग ले चहुँपावत बा. हालही में मॉरीशस ब्राडकास्टिंग कोरपोरेशनो पर भोजपुरी अकादमी के गतिविधियन पर बनल कार्यक्रम देखावल गइल रहे. महुआ चैनल के एहु कार्यक्रम में ऊ भोजपुरी अकादमी के उपलब्धियन के चरचा कइले बाड़न.


(बिहार भोजपुरी अकादमी के रपट)

1 Comment

  1. RAVI KANT DUBEY

    very true

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।