'लंठ' के संगीतमय मुहूर्त भइल

पिछला दिने मुंबई के ‘कृष्णा स्टूडियो’ में भोजपुरी फिल्म ‘लंठ’ के भव्य संगीतमय मुहूर्त पूजा-हवन क बाद गीत रिकार्ड करके कइल गइल. मशहूर गायक उदित नारायण अउर पामेला जैन के आवाज में गावल एह गीत के संगीत रहल के. रत्नेश के. फिल्म के गीतकार हउवें सतीश तिवारी, महेश कुमार झा अउर राजेश पाण्डेय. पटकथा आ संवाद लेखक: बालकृष्ण सिंह अउर अविनाश पाण्डेय. कैमरा: जगमिंदर हुंदल के बा. मुख्य भूमिका में राजेश कुमार, संजय पाण्डेय, मनोज सिंह टाइगर, बालेश्वर सिंह, अक्षय सिंह, समर्थ चतुर्वेदी, दुर्गेश पाण्डेय, अमरीश सिंह, पुष्पा वर्मा, रामजी मिश्र, विनोद त्रिपाठी, उमाकांत रॉय, पंकज कुमार, ऋतू शास्त्री, श्वेता मिश्र, अर्चना सिंह, श्यामली श्रीवास्तव, श्वेता सिंह, अश्वनी राठौड़, साहिल, वाहिद भाई, सोनम अरोरा, प्रीटी सिंघानिया, अरविन्द तिवारी अउर शत्रुघ्न सिंह बाड़ें.

मुहुर्त का मौका पर मुख्य अतिथि रहलें समीर अन्जान, श्रवण (संगीतकार), उदित नारायण, पामेला जैन, हरीश भाई, गोपाल श्रीवास्तव, मनोज सिंह (नाहर स्टेट), बृजेश सिंह, संजय सिंह, अरविन्द गुप्ता, रेखा गुप्ता, राजेश मिश्रा (गीतकार), पिंटू सिंह अउर अनूप जैसवाल वगैरह.


(अपना न्यूज के रपट)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..