‘एक बिहारी सौ पे भारी’ में दिनेशलाल संगे अक्षरा सिंह
-

अक्षरा सिंह

अक्षरा सिंह सिनेमा भोजपुरी के मशहूर अभिनेता दिनेशलाल यादव संगे नजर अइहें निर्माता रविशंकर शर्मा के फिलिम ‘एक बिहारी सौ पे भारी’ में. एह फिल्म में निरहुआ का सोझा दू गो अभिनेत्री बाड़ी अंजना सिंह आ अक्षरा सिंह. फिल्म के गाना पहिलही हिट हो चुकल बाड़ी सँ आ यू ट्यूब पर लाखो लोग एह फिलिम के गाना देख लिहले बा.

फिल्म के निर्देशक जगदीश शर्मा, संगीतकार गुणवंत सेन, गीतकार बिनय बिहारी, प्यारे लाल यादव, श्याम देहाती, अउर विपिन बहार, नृत्य निर्देशक रिक्की गुप्ता अउर दिलीप मिस्त्री, फाइट मास्टर हीरा यादव, छायांकन नरेन्द्र बहूचा के , आ सह निर्माता बाड़ें नागेश मिश्रा, अतुल शर्मा अउर दाजी भाई.

मुख्य कलाकारन में दिनेशलाल यादव, अक्षरा सिंह, अंजना सिंह, अवधेश मिश्रा, संजया पाण्डेया, बृजेश त्रिपाठी, गोपाल राया, जे. नीलम, पकाश जैस, बाँबी किशन, राकेश बालगोविंद अउर खास मेहमान मौजूदगी में संगीता तिवारी अउर अनारा गुप्ता.


(संजय भूषण पटियाला के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts