बिग बी के हाथे धूम-धाम से भइल "गंगादेवी" के म्यूजिक रिलीज

निर्माता दीपक सावंत आ निर्देशक अभिषेक चड्ढ़ा के फिलिम “गंगा देवी” के म्यूजिक पिछला दिने बिग बी अमिताभ बच्चन के हाथे रिलीज भइल. एह मौका पर पाखी हेगड़े आ गुलशन ग्रोवर मौजूद रहले. भोजपुरी से आपन लगाब बतावत बिग बी कहलन कि अबहीं ले ऊ तीने गो भोजपुरी फिलिम में काम कइले बाड़न बाकिर शुरुए से भोजपुरी के मिठास आ अपनापन के कायल रहल बाड़ें. फिलिम “गंगा देवी” के अहमियत बतावत बच्चन बड़कू कहलन कि एह फिलिम के शूटिंग पूरा कराइए के ऊ अपना इलाज खातिर अस्पताल में भरती होखे गइलन हालांकि शूटिंग का दौरान ऊ भयंकर पेटदर्द से परेशान रहलन.

भोजपुरी फिलिमन में अभिनय के मौका देबे खातिर अपना मेकअप मैन आ एह फिल्म के निर्माता दीपक सावंत के आभार जतावत बिग बी कहलन कि दीपक चालीस बरीस से उनकर चेहरा सँवारत आइल बाड़ें से उहो दीपक के भविष्य सँवारे ला आपन छोटहन योगदान देबे के कोशिश कइले बाड़न.

गंगा देवी १४ सितम्बर से सगरी देश में रिलीज होखे वाली बा. एह फिल्म में बच्चन बड़कू का साथे जया बच्चन, दिनेशलाल यादव ‘निरहुआ’, पाखी हेगड़े, गिरीश शर्मा, अवधेश मिश्रा, विनय बिहारी आ गुलशन ग्रोवर मौजूद बाड़ें. भोजपुरी सिनेमा के मौजूदा परम्परा से अलगा हटके बनावल एह उद्देश्य प्रधान फिलिम में कहानी आ किरदारन के बेहतरीन इस्तेमाल कइल गइल बा.


(स्पेस क्रिएटीव मीडिया के रपट)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।