विनय आनन्द के ‘मंगल फेरा’ अब तीन भाषा में

भोजपुरी सिनेमा के स्टार अभिनेता विनय आनंद के नामे एगो नया रिकार्ड जुटे जात बा. विनय आनन्द भोजपुरी के पहिलका अभिनेता बन गइल बाड़ें जिनकर फिलिम एके साथ तीन गो भाषा में बनावल जात बा.

विनय आनंद अभिनीत फिल्म ‘मंगल फेरा’ के भोजपुरी, गुजराती अउर नेपाली, तीन गो भाषा में बनावल जात बा. आ तीनों में नायक विनय आनन्द शूटिंग करत बाड़ें. नेपाली फिल्म के शूटिंग नेपाल में होखत बा आ भोजपुरी अउरी गुजराती ‘मंगल फेरा’ के शूटिंग गुजरात में.

हॉरर फिल्म ‘मंगलफेरा’ के निर्माण गायत्री फिल्म प्रोडक्शन के बैनर में गायत्री राठौड़ करत बाड़ी आ निर्देशक बाड़ें श्रीधर शेट्टी. पिछला दिने नेपाल में पत्रकारन से बतियावत विनय आनंद आ श्रीधर शेट्टी बतवलें कि ‘मंगलफेरा’ में स्पेशल इफेक्ट के अलावा एगो अउर नया तकनीक के इस्तेमाल होखत बा जवन भोजपुरी में पहिला बेर होखत बा.


(ब्रेकिंग मैक्स मीडिया के रपट)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।