सिनेमा भोजपुरी में पहिला हाली 20 लाख के सेट लगा के मुहुर्त करावल गइल

आर. एम. फिल्म्स प्रा.लि. के बैनर तले बने जात फिलिम ‘एक लैला तीन छैला’ के एगो गीत के बीस लाख रुपिया के सेट लगा के शूट कइल गइल ओकरा मुहुर्त पर. मुख्य अतिथि रहलन हिंदी सिनेमा के मशहूर आर्ट डायरेक्टर नितिन देसाई. फिल्म के निर्माता मुकेश सोनी के संकल्प बा सिनेमा भोजपुरी के नया दिशा देबे के आ ई ओही दिसाईं उठल एगो कदम बा. जब सिनेमा भोजपुरी के विस्तार देश के पार विदेशो में होखत बा त काहे ना भोजपुरी फिलिम के निर्माणो ओही स्तर के होखे.

शुभ संजोग इहो रहल कि मुहुर्त का दिने निर्माता मुकेश सोनी के बेटा के जनमदिनो रहल आ सेटे पर केक काट के जनमदिन मनावल गइल. सगरी मेहमान आ यूनिट के लोग ओह लड़िका के बधाई दिहल.

‘एक लैला तीन छैला’ के निर्देशक शाद कुमार, लेखक लालजी यादव, कार्यकारी निर्माता अतिन दूबे, छायाकार गौरांग साहा, डांस निर्देशक कानू मुखर्जी, संगीतकार छोटे बाबा, गीतकार अशोक सिन्हा, फणीन्द्र राव, प्रेम सागर अउर जीतेन्द्र मिर्जापुरी, कला मुकेश सिने आर्ट इंटरप्राईजेज प्रा.लि. आ निर्माण प्रबंधक अब्दुल सिददकी अउर रंगलाल हउवें. फिलिम के कलाकारन में रानी चटर्जी, धर्मेश मिश्रा, बालेश्वर सिन्हा, राजू श्रेष्ठ, पुष्पा वर्मा, मेहनाज सराफ अउर संजय पाण्डेय के साथे आईटम डांसर सीमा सिंह के नाम बा.


(स्रोत: अपना न्यूज़)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।