भोजपुरी फिलिम ‘धड़केला तोहरे नावे करेजवा’ में घुड़सवारी के करतब

भोजपुरीओ फिलिम बनावे वाला लोग अब मारधाड़ स्टंट सीन पर पइसा खरचे लागल बा लोग. ‘धड़केला तोहरे नावे करेजवा’ में रउरा पहिला बेर घुड़सवारी करत मारधाड़ करे आ रिवाल्वर चलावे जइसन खतरनाक दृश्य नजर आवे वाला बा. फिलिम के पहिला लुक जब जारी भइल त ओहमें नायिका रानी चटर्जी, नायक विजय वर्मा आ अरविंद अकेला कल्लू घोड़े पर सवार होकर खतरनाक स्टंट करत नजर आवत बाड़ें. स्टंटो अइसन कि देखे वाला चिहुँक जात बाड़ें.

एह फिल्म में नवोदित विजय वर्मा, रानी चटर्जी, भोजपुरिया प्राण खलनायक संजय पांडे, चर्चित गायक अरविंद अकेला ‘कल्लू’, एयाज खान वगैरह लोग के दिल पर राज करे आवत बाड़ें. निर्देशक हउवें दिनेश यादव जे राजकुमार पाण्डे के एसोसिएट रहलें आ एक दर्जन से अधिका फिलिमन में आपन योगदान दे चुकल बाड़ें.

निर्माण सुपर गोल्ड आडियो एण्ड सिनेविजन प्रा. लि. करत बिया. गीतकार हउवें प्यारेलाल यादव आ श्याम देहाती. श्याम देहाती संगीतो दिहले बाड़ें. मार-धाड़ दिलीप यादव के आ नाच निर्देशन कानू मुखर्जी के बा. लोग के भरोसा बा कि फिलिम सफलता के डंका बजाई.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।