"जान लेबू का हो" के शानदार मुहूर्त

“रखेला शान भोजपुरिया जवान” आ “इज्जत” के बाद भोजपुरी फिल्म निर्माता कम्पनी मिथिला टाकीज आपन अगिला पेशकश “जान लेबू का हो” के तइयारी में लाग गइल बिया. पिछला दिने एह फिलिम के शानदार म्यूजिकल मुहूर्त भइल. मुहुर्त पर पवन सिंह, मोनालिसा, प्रतिभा पाण्डेय, निर्माता मनोज कुमार चौधरी, कार्यकारी निर्माता प्रमोद कुमार चौधरी, निर्देशक राजू, बृजेश त्रिपाठी समेत भोजपुरी के अनेके नामचीन लोग मौजूद रहल.

एह फिलिम में पवन सिंह आ मोनालिसा लीड रोल में आ साथ में मनोज टाइगर, बृजेश त्रिपाठी, माया यादव आ आनंद मोहन के खास भूमिका बा, कथा पटकथा अउर संवाद मनोज सिंह टाइगर लिखले बाड़न आ म्यूजिक दिहले बाड़े खुद पवन सिंह.

निर्देशक राजू बतवलन कि एह रोमांटिक फिलिम के शूटिंग दिसम्बर में शुरू होखी.


(स्पेस क्रिएटीव मीडिया)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।