सुनील दुबे के टक्कर विनय आनंद से

नजर फिल्मस् इंटरटेंमेंट के बैनर तले बनल भोजपुरी फिल्म ‘आज का दबंग दमाद’ में नवही एक्टर सुनील दुबे आ विनय आनंद के जबरदस्त एक्शन पहिला बेर परदा पर 12 अक्टूबर से देखे के मिली जब एह फिलिम के रिलीज कइल जाई.

“आज का दबंग दमाद” पूरा तरह से रोमांटिक आ मनोरंजन से भरल फिलम हवे. एकर शूटिंग मध्य प्रदेश के भोपाल का खूबसूरत पहाड़ियन आ जंगलन में कइल गइल बा. अतना खूबसूरत लोकेशन पर अबही ले कवनो भोजपुरी फिलिम के शूटिंग नइख भइल. अह फिलिम से सुनील दुबे पहिला बेर सिनेमा का परदा पर पेश भइल बाड़ें.

निर्माता भरत गणेशमल जैन आ निर्देशक विनोद तिवारी, गीतकार बिनय बिहारी, संगीतकार अमन श्लोक, छायांकनकरेवला मनोज कु. झाला, नृत्यनिर्देशक महादेवन, फाईट मास्टर सिंग इज किंग हउवें.

मुख्य कलाकार विनय आनंद, सुनील दुबे, कल्पना शाह, रानी चतुर्वेदी, ब्रजेश त्रिपाठी, गोपाल राय, वैभव राय, महेन्द्र त्रिपाठी वगैरह हउवें.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।