‘हंटरवाली’ पाखी घुड़सवारी करत नजर अइहें

सिनेमा भोजपुरी के चर्चित, हॉट आ बिंदास अभिनेत्री पाखी हेगड़े निर्माता मुन्ना रिज़वी के रिगल थियेटर के बैनर तले बनत ‘हंटरवाली’ में शीर्षक भूमिका करत बाड़ी. दिन में सीधी सादी लड़की आ रात का अन्हरिया में हंटरवाली बन जात बाड़ी पाखी हेगडे आ अपना दुश्मनन के खात्मा कर देत बाड़ी.

एह फिल्म के शूटिंग पूरा हो गइल बा आ नवम्बर के आखिर में एकरा के रिलीज कर दिहल जाई. निर्माता मुन्ना रिज़वी के कहना बा कि जइसे अमिताभ बच्चन शहंशाह बनके अपना दुश्मनन के सफाया कइले रहलें वइसहीं पाखी हेगड़े रात के अंन्हार में ‘हंटरवाली’ बनके करत बाड़ी.

बतावल जात बा कि एह फिलिम में घुड़सवारी करे से पहिले पाखी हेगड़े एक महीना ले एकर ट्रेनिंग लिहली.


(समरजीत)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।