‘बिहारी रिक्शावाला’ बनलें संजय पांडे

भोजपुरी फिल्मों के नम्बर वन खलनायक संजय पांडे अब ‘बिहारी रिक्शावाला’ का रूप में आपन देखइहें. निर्देशन करीहें अविनाश त्रिपाठी.

बतावे जोग बा कि एह घरी बिहार में संजय पांडे के फिलिम ‘धड़केला तोहरे नावे करेजवा’ के डंका बाजत बा. निर्देशक शाद कुमार के फिल्म ‘एक लैला तीन छैला’ में मुख्य खलनायक बाड़ें संजय पांडे. संजय पांडे के कहना बा कि शाद कुमार जी सुलझल निर्देशक हउवें जिनका साथे काम करे में आनंद आइल.

आवे वाला दिनन में संजय पांडे के हर हफ्ता एगो ना एगो फिलिम रिलीज होखे वाला बा.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।