दिनेश लाल यादव के अगिला फिलिम ‘कसम वर्दी के’

‘धड़केला तोहरे नावे करेजवा’ फिलिम से रातेरात सुर्खियन में आइल निर्देशक दिनेश लाल यादव के अगिला फिलिम ‘कसम वर्दी के’ क शानदार मुहूर्त मुंबई के अंधेरी के शानदार स्टूडियो में कइल गइल. कहानी खुद निर्देशक दिनेश यादव के लिखल, पटकथा आ संवाद लालजी यादव के लिखल, गीत आर.आर. पंकज, यूसुफ साहिल अउर प्यारेलाल यादव के लिखल आ संगीत रचल ह मधुकर आनन्द के.

चन्द्र सिने फिल्म्स के बैनर तले एकर निर्माता हउवें शरद चन्द्र जायसवाल आ प्रस्तुतकर्ता आयुष्मान मेडियंट प्राईवेट लिमिटेड. दिनेश यादव के कहना बा कि ई फिलिम लीक से हट के बनी जवना के दर्शक पसंद करीहें.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..