आदि शक्ति इंटरटेनमेंट प्रस्तुत करतिया ‘वर्दी वाला गुण्डा’ निरहुआ के

भोजपुरी सिनेमा ला एगो अउर खुशखबरी. दुनिया के सबले बड़का पखावज वादक पंडित दुर्गा प्रसाद मजूमदार क कंपनी आदि शक्ति इंटरटेनमेंट फेरू निरहुआ के फिलिमन से जुड़ल बिया आ उनुकर फिलिम ‘वर्दी वाला गुण्डा’ परोसे जात बिया.

आदि शक्ति इंटरटेनमेंट आ दिनेश लाल यादव निरहुआ के संगे होखला के मतलब बा कि ओह फिलिम के हिट होखे से केहू रोक ना पाई. एहसे पहिले आदि शक्ति इंटरटेनमेंट ‘लागल रहा ए राजा जी’, ‘दिवाना’, ‘दिलजले’, ‘दाग’, ‘निरहुआ चलल ससुराल’, ‘हो गईनी दिवाना तोहरे प्यार में’, ‘चलनी के चालल दुलहा’, ‘प्रेम के रोग भईल’, ‘सात सहेलियां’ अउर ‘निरहुआ नम्बर वन’ समेत भोजपुरी सुपर स्टार दिनेश लाल यादव निरहुआ के बीस गो फिलिम परोस चुकल बावे आ ‘दुश्मनी’ जइसन ब्लाक बस्टर फिलिमो बनवलसि.

दिनेशलाल यादव निरहुआ के फिल्म ‘वर्दी वाला गुण्डा’ परोसत खुद पंडित दुर्गा प्रसाद मजूमदार आ उनकर कंपनी आदि शक्ति इंटरटेनमेंट बहुते उछाह में बिया. मानल जात बा कि इहो फिलिम सफलता के नया रेकार्ड बनाई.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।