भोजपुरी फिल्म आखिरी रास्ता के संगीत जारी

पिछला दिने भोजपुरी फिल्म “आखिरी रास्ता” के संगीत एगो रंगारंग कार्यक्रम में मुंबई का ट्रायो डिजिटल स्टूडियो में रिलीज कइल गइल आ एह मौका पर निरहुआ के एगो नया फिलिम के, जवना के अबही नाम नइखै फाइनल भइल, के मुहुर्तो करावल गइल. “आखिरी रास्ता” में नायक दिनेश लाल यादव निरहुआ गँवई नवजवान के किरदार कइले बाड़न. उनका साथे तीन गो नायिका बाड़ी, पाखी हेगडे, मोनालिसा, आ रिंकू घोष. म्यूजिक रिलीज का मौका पर तीनो नायिका निरहुआ का साथे मौजूद रहली. “आखिरी रास्ता” के निर्माण प्रियंका पिक्चर्स का बैनर में के एस साईं बाबा कइले बाड़न आ निर्देशक हवें जी सुब्बाराव. विनय बिहारी आ प्यारेलाल यादव के लिखल गीतन के संगीतबद्ध कइले बाड़न राजेश रजनीश. निर्माता निर्देशक के दावा बा कि फिल्म बहुते मनोरंजक बन रहल बा. (स्रोत : प्रशान्त निशान्त)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।