बलिया में प्रधानी के उपचुनाव

हालही में बलिया के जिगिनी आ खड़ीचा गाँव में ग्राम प्रधान खातिर उपचुनाव करावल गइल. मनियर ब्लाक में जिगिनी के प्रधान रहल रामजनम चौहान के निधन से खाली सीट पर भइल उपचुनाव में स्व॰ रामजनम चौहान के पत्नी कौशल्या देवी के श्यामबिहारी राजभर के पत्नी मीरा देवी उनसठ वोट से हरा दिहली.गड़वार ब्लॉक के खड़ीचा गाँव के प्रधान रहल सुग्रीव सिंह का निधन का बाद भइल उपचुनाव में स्व॰ सुग्रीव सिंह के भवह गोल्डेन सिंह अपना विरोधी उम्मीदवार विजय गुप्त के २६२ रन से हरा दिहली. सला १९८२ से लगातार एह पद पर स्व॰ सुग्रीव सिंह के परिवारे के कब्जा रहत आइल बा.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।