यूपीए टू का डिनर से माया मुलायम नदारद

यूपीए से नाराज चलत समाजवादी पार्टी के सुप्रीमो मुलायम सिंह यादव चार साल पूरा होखे का जश्न मनावे ना चहुँपले. चहुँपे के त मायावतिओ ना चहुँपली बाकिर उनुका पार्टी के सतीश चंद्र मिश्रा आ ब्रजेश पाठक डिनर में मौजूद रहलें. सपा का ओर से केहु नजर ना आइल. एह हालात के फायदा बसपा के मिलल जवना के प्रतिनिधि ओही टेबुल पर बइठलें जवना पर सोनिया गांधी, राहुल गांधी, शरद पवार, लालू प्रसाद, रामविलास पासवान, आ अमर सिहं बइठल रहलें.

एह मौका पर लालू प्रसाद कहलें कि कांग्रेस उनकर समर्थन करे भा ना, ऊ ओकर समर्थन करत रहीहें.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।