आगि में जरल औरत के मौत

बलिया के गड़वार इलाका के त्रिकालपुर के एगो औरत आशा देवी के कवनो बात पर अपना मरद दिलीप सिंह से बुध के रात झगड़ा हो गइल. झगड़ा का बाद दिलीप छत से नीचे उतर के सूत गइल आ एही बीच आशा अपना देहि पर किरासन तेल डाल के आगि लगा लिहली. आगि में जरे लगली त उनुकर चिचियाइल सुन दिलीप छत पर दउड़ल आ उनका के बचावे मं उहो बहुते जर गइल. दुनु जने के बलिया जिला अस्पताल में भरती करावल गइल जहाँ आशा देवी के मौत हो गइल आ दिलीपो के हालत गम्हीराह बा.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।