बिहार से ना हटावल जाई सीआरपीएफ के बारह गो टुकड़ी
-

कुछ महीना पहिले अचके में केन्द्र सरकार बिहार से सीआरपीएफ के बारह गो टुकड़ी के हटा के झारखंड भेजे के फैसला ले लिहलसि. एही बारह कंपनियन में उहो कंपनी शामिल रहुवे जवना के लालू प्रसाद के सुरक्षा में लगावल गइल रहे. लालू एकर शिकायत कइलन. एह बारह कंपनियन के अधिका जवान बिहारे के हउवें. बाद में एह कंपनियन के कर्नाटक चुनाव में भेज दिहल गइल. अब केन्द्र कहत बा कि एह कंपनियन के हटावल ना जाई.

एह बीच बिहार पुलिस अपना हिसाब से अपना कंपनियन के ओह जगहन पर तैनात कर दिहले रहुवे जहवाँ से सीआरपीएफ हटावल रहे.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts