‘मर्द रिक्शावाला‘ में बेहतरीन अभिनय करके शिवाजी आपन अलग पहचान बनवलन

shivajiसिनेमा भोजपुरी में अनेके मजल कलाकार आपन जलवा बिखेरले बाड़े आ नया नया मुकाम हासिल कइले बाड़े. एही में से हउवें हरफनमौला कलाकार शिवाजी जे अपना अभिनय के लोहा मनवावत बाड़न. रंगमंच से शुरूआत करे वाला शिवाजी ‘भईया की साली‘ से आपन फिल्मी कैरियर शुरू कइलन आ ओकरा बाद ‘किसन अर्जुन, दामिनी, वगैरह कई फिलिमन से अपना अभिनय के लोहा मनवा लिहलन. भोजपुरी फिल्म इंडस्ट्री में लगातार सक्रिय शिवाजी एह साल पूरा धमाल करे का मूड में बाड़न.

एह साल पहिलके महीना उनुकर ‘मर्द रिक्शावाला‘ रिलीज हुई भइल जवना में शिवाजी देखेवालन के मजबूर कर दिहलन सीटि बजावे ला. अब उनकर कईएक फिलिम रिलीज ला तइयार बाड़ी सँ जवना में शेरनी, चंडी, कलियुग के भगवान, सईयां भईलन परदेसिया, सपने ससुराल के, वगैरह बाड़ी सँ.

हालही में शिवाजी हैदराबाद के रामोजी फिल्मसिटी में अपना फिलिम “प्रेम दीवानी” के शूटिंग पूरा कइलें. हरफनमौला कलाकार शिवाजी कॉमेडी, एक्शन निगेटिव हर तरह के किरदार में फिट नजर आवेलें.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।