निर्माता संजय कुमार मिश्रा जनम दिन मनवलें

sanjay-mishraभोजपुरी फिलिम ‘लड़ब मरते दम तक’ के निर्माता संजय कुमार मिश्रा पिछला दिने मुंबई में बहुते धूमधाम से आपन जनमदिन मनवलें. उनका के बधाई देबे ला विराज भट्ट, शुभम तिवारी, लाल सिन्हा, फणीन्द्र राव, संतोष मिश्रा, संजय केशरी, सुधा तिवारी, सुनील मिश्रा, के.के. गोस्वमी, हीरा यादव, वीरेन्द्र मिश्र, समरजीत वगैरह अनेके नामी गिरामी लोग मौजुद रहल.

फिलिम ‘लड़ब मरते दम तक’ के शूटिंग पुरा हो गइल बा आ अब एकर पोस्ट प्रोडक्शन के काम चलत बा. एह फिलिम में विराज भट्ट, शुभम तिवारी, सुपर्णा सिंह, के.के. गोस्वामी, सीमा सिंह वगैरह के खास भूमिका बा.

निर्देशक जीत चटर्जी, लेखक के. मनोज सिंह, संगीतकार लाल सिन्हा, गीतकार अरविन्द तिवारी, बिपिन बहार, फणीन्द्र राव आ अशोक मिश्रा, एक्शन मास्टर हीरा यादव, कोरियोग्राफर संजय कोर्बे आ कैमरामैन श्यामल चक्रवर्ती.

एक्शन, म्यूजिक आ एंटरटेनमेंट से भरपूर एह फिलिम में आइटम गर्ल के जिनिगी के उतार चढ़ाव देखावल गइल बा.


(समरजीत)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।