रांची में बाजी ‘दे लपेटा बांध के फेटा’

dabangAdityaक्रिकेट के मैदान में लगातार आपन दबंगई देखावत भोजपुरी सितारन के क्रिकेट टीम ‘भोजपुरी दबंग’ झारखण्ड के राजधानी रांची में अपना टाइटिल ट्रैक ‘दे लपेटा बांध के फेटा…’ पर मराठी सितारन के टीम से दू दू हाथ करत नजर आई ई टाइटिल ट्रैक भोजपुरी सितारन में जोश भरे ला वीर रस से भरपूर बनावल गइल बा. एहमें आवाज बा मनोज तिवारी ‘मृदुल’ आ दिनेशलाल यादव ‘निरहुआ’ के. एकर एगो वीडियवो बनावल गइल बा,

मनोज तिवारी के कहना बा कि ‘गैंग ऑफ वासेपुर’ के हिट गाना ‘जिया हो बिहार के लाला…’ के कामयाबी उनका के उकसवलसि कि ‘भोजपुरी दबंग’ टीम खातिर एगो टाइटिल ट्रैक बनावल जाय आ जब गाना खूबसूरत बन गइल त एकर वीडियो बनावहू के फैसला भइल जवना में टीम के सगरी खिलाड़ी नजर अइहें. एह टाइटिल ट्रैक के रांची में बजावल जाई. राँची में 24 फरवरी के वीर मराठा टीम से भोजपुरी दबंग के टक्कर होखे वाला बा.

इहो जाने लायक बाति बा कि सेलिब्रेटी क्रिकेट लीग (सीसीएल) में पहिला बेर उतरल ‘भोजपुरी दबंग’ बाकी टीमन पर भारी पड़त ‘चेन्नई रियोंस’ अउर ‘केरला स्ट्राइकर’ जइसन दिग्गज टीमन के हरा के प्वांयट चार्ट में सबले उपर ‘तेलगू वेरियर्स’ संगे बा. एह दुनु टीम के अंक बराबर वा. बाकिर रन रेट का हिसाब से ‘भोजपुरी दबंग’ दुसरा जगहा पर राखल गइल बा.

राँची मे होखे वाला मैच का दौरान हिन्दी फिलिमन के चर्चित नायिका जेनेलिया डिसूजा देशमुखो मौजूद रहीहें. जेनेलिया डिसूजा केन्द्रीय मन्त्री रहल स्व. विलासराव देशमुख के पतोहु आ ‘वीर मराठा’ टीम के कप्तान रितेश देशमुख के पत्नी हई.

एह मैच के हवा बनावे खातिर भोजपुरी दबंग टीम 21 फरवरी के रांची हवाई अड्डे से बी.एन.आर. चाणक्य होटल तक रोड शो निकललसि.


(शशिकांत सिंह)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।