छक्का मारे का तइयारी में बाड़न प्रवेशलाल

भोजपुरी फिल्मन के यंग स्टार प्रवेशलाल यादव अपना अगिला फिल्म “दुश्मनी” से सफल फिल्मन के छक्का मारे का तइयारी में बाड़े. “चलनी के चालल दुलहा” से आपन शुरुआत करे वाला प्रवेशलाल के अबले पाँच गो फिल्म, परिवार, आज के करण अर्जुन, तू ही मोर बालमा आ दिल, रिलीज हो चुकल बाड़ी सँ आ पाँचो बाक्स आफिस पर सफल रहल बाड़ी सँ. अब “दुश्मनी” के रिलीज का साथ प्रवेश लाल के सफल फिल्मन के छक्का लागल तय मानल जा रहल बा. एह फिल्म मे प्रवेश लाल यादव आ शुभी शर्मा के लव एंगल बा. फिल्म अगिला महीना मई में रिलीज होखे जा रहल बा.


(स्रोत – प्रशान्त निशान्त)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।