भोजपुरी सिनेमा के मिलल कमाई के नया रास्ता

भोजपुरी सिनेमा के कमाई के अब एगो नया रास्ता मिल गइल आ ई रास्ता बनवलसि ए॰सी॰सी॰ डिजिटल प्रा॰लि॰ जे अपना फिलिम “रंगबाज” के प्रोमोशनल वीडियो एयरटेल के थ्रीजी मोबाइल सेवा पर डलले बा आ एह वीडियो में “लच लच लचके कमरिया जोबना मारे उफान” समेत एह फिल्म के सगरी गाना शामिल बा. एह प्रोमो में असली “रंगबाज” हैदर काजमी आ रानी चटर्जी के जलवा यूपी बिहार के लोग के बहुते पसन्द आ रहल बा.
“रंगबाज” के एह प्रोमोशनल वीडियो से ओह निर्माता लोग के आँख खुल गइल बा जे एह तरह के प्रोमो वीडियो आ रिंगटोन से होखे वाली मोट कमाई संगित कंमनियन के फोकट में दे देत रहलें. एसीसी डिजिटल मोबाइल रिंग टोन का क्षेत्र में नंबर वन कंपनी मानल जाले एहसे अपना फिल्म “रंगबाज” के जरिये भोजपुरी मोबाइल रिंग टोन का क्षेत्र में शानदार प्रवेश लिहले बिया.
“रंगबाज” के निर्देशक शिवराम यादव के निर्देशित हिन्दी फिल्म “पथ” एगो सुपर डुपर फिल्म रह चुकल बा.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *