शुरू भइल सुगना

ब्राउन आईज का बैनर में निर्माता निर्देशक अजय ओझा के फिल्म “सुगना” के दुसरका चरण के शूटिंग मुंबई में शुरू हो चुकल बा. एह फिल्म से भोजपुरिया आकाश पर एगो नया सूरज, माने कि आदित्य, चमके का तइयारी में बा. एह सूरज के नामे ह आदित्य ओझा आ फिल्म में उनुकर साथ दे रहल बाड़ी भोजपुरी के नयकी तारिका काजल राघानी. एह फिल्म में आदित्य के एक्शन आ इमोशन दुनु मिली देखे के. “सुगना” में आदित्य-काजल का अलावे राजीव दिनकर अउर कल्पना शाह के जोड़ीओ मुख्य भूमिका में बा. गुनवंत सेन के संगीत से सजल एह फिल्म के गीतकार फणीन्द्र राव आ लेखक राजेश पाण्डेय हउवन. फिल्म के बाकी कलाकारन में प्रमोद माउथो, गोविन्द खत्री वगैरह शामिल बाड़े. फिल्म के आखिरी चरण के शूटिंग अगिला हफ्ता से बिहार के छपरा में शुरू होखे जा रहल बा.


(स्रोत – उदय भगत)

0 Comments

Recent Posts