बिग मैजिक पर ‘रंगो की फुहार’

BigMagicHoliभोजपुरी के नया मंनोरंजन चैनल बिग मैजिक बिहार होली के शुभ अवसर पर एगो खास कार्यक्रम ‘रंगो का फुहार’ ले आवत बा. ‘रंगो के फुहार‘ में यू॰पी॰ आ बिहार के गोल का बीच होली गीतन के जंग देखावल जाई. एह शो के सुत्रधार रहीहें सुपरस्टार रवि किशन आ ‘एक दुजे के लिए’ फेम नायिका मधु शर्मा. एह शो में गायक सुनील छैला बिहारी आ आनन्द मोहन एक से बढ़के एक फगुआ गइहें आ नायिका स्मृति सिन्हा, संगीता तिवारी आ शुभी शर्मा शानदार नृत्य प्रस्तुति दीही लोग. स्टार कॉमेडी जोड़ी परितोष आ सुमन झा अउर प्रकाश जैस आ संतोष श्रीवास्तव एह शो में हँसी के रंग बिखेरी. शो के खास चोट रही पकडुआ बिआह पर.

‘रंगो की फुहार‘ में बृज के होली मंडली देखे के मिली. एकर प्रसारण होली का दिने कइल जाई. एकर निर्माण अभय सिन्हा अपना कंपनी यशी फिल्मस प्राईवेट लिमिटेड का बैनर में कइले बाड़न.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।