सिलवासा में सीमा सिंह के ‘दिल हो गईल कुर्बान’

Seema47सिनेमा भोजपुरी के डांसिंग क्वीन सीमा सिंह के दिल आजकाल्हु अपना काम पर कुर्बान हो गइल बा. पिछला दिने सिलवासा में सीमा सिंह आर.एस. तिवारी के फिलिम ‘दिल हो गईल कुर्बान’ खातिर एगो लाजवाब आयटम नम्बर शूट करवली. एकर निर्देशक हउवें मिथलेश अविनाश. सीमा सिंह ला एह शूटिंग खातिर एगो खास सेट लगवावल रहुवे.

एकरी अलावे सीमा के एगो अउर फिलिम रिलीज होखे वाली बा ‘साली बड़ी सतावेली’. दिलावेज खान निर्देशित एह फिलिम में भोजपुरी सुपर स्टार रवि किशन का संगे रिंकू घोष आ रानी चटर्जी मुख्य भूमिका में बाड़ी.


(शशिकांत सिंह)

0 Comments

Recent Posts