पारस सिंह के संकट का घड़ी में हर्षवर्धन अग्रवाल से मदद

kanchan-manएही महीना रिलीज होखे जात भोजपुरी फिलिम ’कंचन मन गंगा तन तुलसी’ के निर्देशक पारस एन सिंह के पैतृक मकान में पिछला 26 मार्च 2013 के रात दू बजे आग लगला से सबकुछ जर के राख हो गइल आ पारस एन. सिंह बहुते परेशानी से गुज़रत बाड़न. अइसन आफत का घड़ी में श्री काली प्रसाद बद्री प्रसाद अग्रवाल चैरिटेबल ट्रस्ट के तहत हर्षवर्धन अग्रवाल उनुका के पचास हजार रूपया मदद में दिहले बाड़न. एह ला पारस एन. सिंह आ उनकर पूरा परिवार हर्षवर्धन जी के आभारी हो गइल बा आ भगवान से प्रार्थना करत बा कि हर्षवर्धन जी के जीवन सम्पन्नता आ सुखी से भरल रहे.


(समरजीत)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।