‘‘लगा देब जान की बाजी‘‘ के संगीतमय मुहूर्त

LagaDebJaanKeBaaji-muhurtआर.बी. इन्टरप्राईजेस के बैनर तले बने जात भोजपुरी फिलिम ‘लगा देना जान की बाजी‘ के संगीतमय मुहूर्त पिछला दिने मुंबई के अंधेरी वेस्ट के साउंड ट्रेक स्टुडियो में नारियल फोड़ के कइल गइल.

एह फिलिम के निर्देशक मिथिलेश अविनाश बतवलें कि शूटिंग अगिला महीना शुरू होखी. फिलिम का बारे में कहलें कि एह फिलिम में देखावल गइल बा कि समाजिक बुराईयन के मेटावे खातिर कइसे एगो नवही के कोशिश सफल होखत बा. लाख बाधा का बावजूद नायक हारत नइखे आ खराब लोगन के पोल खोलत ओह लोग के समाज का सोझा ले आवत बा.

मुहूर्त के शुभ अवसर पर गायिका इन्दू सोनाली के आवाज में गीतकार मुन्ना दुबे के लिखल गीत संगीतकार छोटे बाबा के निर्देशन में रिकार्ड कइल गइल.

फिल्म के निर्माता राहूल मंडल, लेखक निर्देशक मिथिलेश अविनाश, गीतकार अशोक सिन्हा, विनय बिहारी, आ मुन्ना दुबे, संगीतकार छोटे बाबा, छायांकनकर्ता डी.के.शर्मा, नृत्यनिर्देशक संतोष सर्वदर्शी,आ मनोज आयामी हउवें.

मुख्य कलाकारन में विनय राणा, योगी ठाकुर के नाम तय बा. बाकी कलाकारन के फाइनलाइज कइल जात बा.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।