सुपरस्टारन के स्टार रिंकू घोष

भोजपुरी सिनेमा के नंबर वन अदाकारा रिंकू घोष आजुकाल्हु भोजपुरी के सगरी सुपर स्टारन के पसंद बन गइल बाड़ी. रिंकू घोष दुर्गा प्रसाद के निर्माण आ राजकुमार पांडे के निर्देशन में बनल “दुश्मनी” में निरहुआ आ विराज भट्ट का साथ, एम॰आई॰राज का निर्देशन में बनल डा॰वजाहत करीम के निर्माण आठ नायकन वाली फिल्म “केहू हमसे जीत ना पाई” में रविकिशन का साथे, आ एगो फिल्म में मनोज तिवारी का साथे काम कर रहल बाड़ी. एकरा अलावे ऊ “सईंया ड्राइवर बीबी खलासी” में काम कर रहल बाड़ी. हालही में रिलीज रिंकू घोष के फिलिम बिदाई, आखिरी रास्ता सफलता के नया नया कीर्तिमान बनवले रहुवे. सभे कहत बा कि जल्दिये ऊ समय आ रहल बा जब रिंकू घोष सभ हीरोइनन पर भारी पड़ जइहें आ भोजपुरी सिनेमा में उनुके राज चली.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।