बीस के दम देखावत संजय पांडे

SanjayPandey33सिनेमा भोजपुरी के अव्वल खलनायक संजय पांडे के एह छमाही मे नाहियो त बीस गो फिलिम बाड़ी सँ जवनन के या त शूटिंग चलत बा, भा बनके रिलीज ला तइयार बाड़ी सँ. ‘प्रेम दिवानी’, ‘सपूत’, आ ‘कोठा’ एही महीना रिलीज होखे वाली बाड़ी सँ.

मोतिहारी में शूट भइल ‘कसम वर्दी के’ फिलिम के डबिंग करत बाड़ें जबकि ‘दिलदार सांवरिया’, ‘रंग दे प्यार के रंग में’, ‘बिहारी रिक्शावाला’, ‘देश परदेश’, ‘रिहाई’, ‘सईंया अरब गईले ना’, ‘यादव पान भंडार’, ‘मजनू मोटर वाला’, आ ‘विराज तड़ीपार’ प्रदर्शन ला तइयार बाड़ी सं भा कुछेक के शूटिंग चलत बा. एकरा अलावा संजय पांडे हाल ही में कई गो फिलिम साईन कइले बाड़न जवना मे ‘घुस के मारब’, ‘नरकटिया गंज’, ‘राजा जी आई लव यू’, ‘खून के बदला खून’, अउर ‘कर्जा माटी के’ खास बाड़ी स.

सिनेमा भोजपुरी में आपन अलग पहचान बना चुकल संजय पांडे के काम आ बेवहार दुनु अतना बढ़िया होला कि हर निर्माता निर्देशक उनुका के दोहरावल तिहरावल चाहेला.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।