विमल कुमार दिहलें धर्मेन्द्र के सालगिरह के बधाई

Bimal-with-Dharmendraहिंदी में अनेके बड़ आ हिट फिलिम बना चुकल निर्माता विमल कुमार पिछला दिने हीमैन धर्मेन्द्र के उनका शादी के सालगिरह पर बधाई दिहलें. पिछला बुध का दिने विमल कुमार उनका घरे जा के उनका के बधाई दिहलें.

जाने जोग इहो बा कि विमल कुमार हाल ही में सिनेमा भोजपुरी में डेग धइले बाड़े. उनकर फिलिम “देस परदेस” में धर्मेन्द्र एगो खास भूमिका में बाड़ें. फिलिम के शूटिंग पूरा हो गइल बा जल्दिए रिलीज होखी. बहरहाल धर्मेन्द्र के भोजपुरी बोलत देखे ला भोजपुरी फिलिम के दर्शकन में खासा उत्साह बा.


(उदय भगत)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..