भारत के बहादुर खिलाड़ी पहिला दिने टीम के आउट ना होखे दिहलें

क्रिकेट खेले दक्षिण अफ्रीका गइल भारत के टीम के काल्हु पहिला टेस्ट में पहिला दिने पूरा टीम के आउट करे के दक्षिण अफ्रीका के गेंदबाज भरपूर कोशिश कइलन बाकिर भारत के रणबाँकूरा खिलाड़ी एगो विकेट बचाइये लिहलन आ टीम पूरा आउट ना हो सकल. अब कहे वाला इहो कह सकेलें कि काल्हु बरखा का चलते खेल देरी से शुरु भइल रहे आ जल्दिये खतमो कर देबे के पड़ल काहे कि रोशनी खराब रहे. भारत नौ विकेट का नुकसान पर 136 रन के रेत के पहाड़ खड़ा कर दिहले बा. आजु के खेल में का होई ई देखे खातिर देश भर के क्रिकेट प्रेमी आतुर बाड़े. कहल जा रहल बा कि अपना पर अतना भरोसा रहुवे भारत के टीम के कि कप्तान आ कोच मैच शूरु होखे से पहिले क्रीज देखे के जहमत उठावलो बेकार समुझलें.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।