स्कूल बन्द कर देब जा बाकिर गरीबन के एडमिशन ना लेब जा

कांग्रेसी राजनेता सलमान खुर्शीद के उद्घाटन भाषण से काल्हु शुक का दिने दिल्ली का इस्लामिक सेन्टर में आयोजित देश भर के निजी स्कूलन के पंचायत में घन गर्जन भइल कि स्कूल बन्द कर के चाबी सरकार के सँउप देब जा बाकिर कवनो कीमत पर गरीब विद्यार्थियन के अपना स्कूलन में प्रवेश ना देब जा. कहल लोग कि सरकार अपना दम पर स्कूल खोले, चलावे, फोकट में पढ़ावे. हमनी का भरोसे शिक्षा के अधिकार मत लागू करे. कहल लोग कि अगर सरकार चाहे त साँझ का पाली में पढ़ावे खातिर ऊ लोग स्कूल भवन आ संसाधन मुहैया करा दी सरकार के आपन स्कूल चलावे खातिर. निजी स्कूलन का तरफ से एह मामिला में एगो निहोरा सुप्रीमो कोर्ट का लगे पड़ल बा जवना पर सात जनवरी के सुनवाई होखे वाला बा.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।