Customise Consent Preferences

We use cookies to help you navigate efficiently and perform certain functions. You will find detailed information about all cookies under each consent category below.

The cookies that are categorised as "Necessary" are stored on your browser as they are essential for enabling the basic functionalities of the site. ... 

Always Active

Necessary cookies are required to enable the basic features of this site, such as providing secure log-in or adjusting your consent preferences. These cookies do not store any personally identifiable data.

No cookies to display.

Functional cookies help perform certain functionalities like sharing the content of the website on social media platforms, collecting feedback, and other third-party features.

No cookies to display.

Analytical cookies are used to understand how visitors interact with the website. These cookies help provide information on metrics such as the number of visitors, bounce rate, traffic source, etc.

No cookies to display.

Performance cookies are used to understand and analyse the key performance indexes of the website which helps in delivering a better user experience for the visitors.

No cookies to display.

Advertisement cookies are used to provide visitors with customised advertisements based on the pages you visited previously and to analyse the effectiveness of the ad campaigns.

No cookies to display.

टटका खबर, बुध, २ जून

झारखण्ड में राष्ट्रपति शासन लागू

शिबू सोरेन का आन्दोलन से जनमल झारखण्ड के सबसे बड़ समस्या खुद शिबू सोरेन बन गइल बाड़े. उनका बिना कवनो सरकार बनावल चलावल संभव नइखे आ उनका साथ आवे के केहू तइयार नइखे. मजबूरन केन्द्र सरकार ओहिजा राष्ट्रपति शासन लगा दिहलसि. विधानसभा के भंग नइखे कइल गइल आ जोड़ तोड़ के सरकार बनावे के संभावना अबहियो मौजूद बा. बाकिर ओकरा खातिर झामुमो भा भाजपा भा दुनो के विधायक तूड़े के पड़ी. भाजपा भा झामुमो दोसरा के ना तूड़ सकस.

ममता कैबिनेट का बइठका में शामिल ना भइली

दिल्ली मे मौजूद रहला का बावजूद ममता बनर्जी कैबिनेट का बइठक में शामिल ना भइली काहे कि ऊ झारखण्ड में राष्ट्रपति शासन लगवला जइसन छोट मोट मामिला में हाजिर भइल जरुरी ना समुझली. ओह घरी ऊ दोसर बड़हन काम में लागल रहली. ममता के देश के चिन्ता नइखे, उनका खातिर पश्चिम बंगाले सगरी दुनिया हऽ आ ओहिजा के नगरपालिका चुनाव का बाद के रणनीति बनावे में अझुराइल बाड़ी. आजु मत के गिनती हो रहल बा आ रिजल्ट का बारे में कवनो पूर्वानुमान केहू नइखे लगावत. ओने वामपंथ इशारा कइले बा कि ऊ ममता के ठिकाने लगावे खातिर कांग्रेस के साथ दे सकेला.

ड्रोन हमला में अल कायदा के बड़हन आतंकी ढेर

पाकिस्तान का कबाइली इलाका में अमेरिका ड्रोन हमला कर के बड़हन अलकायदा आतंकी मुस्तफा अबू अल याजिद के ओकरा परिवार संगे मार गिरवलसि. अल कायदा अपना वेबसाइट पर एह घटना के मान लिहले बा कि याजिद के ओकरा परिवार समेत मार दिहल गइल बा. याजिद का जिम्मे अलकायदा खातिर कोष जुटावे से ले के हमला के योजना बनावे तक के जिम्मेदारी रहुवे. अलकायदा खातिर ई बड़हन चोट बा.

नक्सली समस्या के निदान खातिर सेना के इस्तेमाल के संभावना बढ़ल

काल्हु रक्षा मंत्री ए के एंटोनी सेना के तीनो अंग के प्रमुखन का साथे बइठका कइलना आ जानकार लोग के अणुमान बा कि एह में नक्सलियन से निबटे खातिर सेना के उपयोग पर विचार कइल गइल. वइसे एह काम खातिर सेना के इस्तेमाल सैद्धान्तिक रुप से गलत होखी आ ओकर दीर्घकालीन दुष्प्रभाव पड़ सकेला.

सोना अनइस हजार का पार चल गइल

दुनिया भर के शेयर बाजार के खराब हालत के असर बुलियन मार्केट पर पड़ल बा आ सोना चांदी दुनु के दाम आसमान छुवे लागल बा. आजुकाल्हु लगन का सीजन में भइल एह बढ़ोतरी से सर्राफा दुकानदार चिन्तित बाड़े काहे कि ओह लोग के बिक्री कम हो गइल बा. लोग ओतने गहना खरीद रहल बा जतना जरुरी बा. दोसरे गहना पर ओतने रुपिया खरच हो रहल बा जतना होखे के रहल. एह से सोना के बिक्री में गिरावट आ गइल बा काहे कि व्यवसायियन के मुनाफा सोना के वजन पर निर्भर करेला दाम पर ना.

रोडवेज का बस से कचरा के पन्द्रह आदमी के मौत

सोमार का रात आजमगढ़ का गोमाडीह में एगो शादी के समारोह चलत रहे. बराती आ घराती बैण्ड का धुन पर सड़क पर नाचत रहले. एही बीच बनारस से आ रहल एगो रोडवेज के बस से एगो लड़की के धक्का लाग गइल आ ओकरा बाद भागे का फेर में ड्राइवर भीड़ के कचारत भाग निकलल जवना में पन्द्रह आदमी के कचरा के मौत हो गइल. ड्राइवर के गिरफ्तार कर लिहल गइल बा.

यूपी बोर्ड के मैट्रिक रिजल्ट में बलिया फेर फिसड्डी साबित भइल

नकल माफिया के बदौलत बढ़िया रिजल्ट देबे खातिर बदनाम बलिया में पूरा देश के विद्यार्थी आवत रहलन. अबकी जिला प्रशासन का सख्ती का चलते नकल माफिया अपना मकसद में कामयाब ना हो पवलें. पिछला बेर टाप थ्री में रहे वाला जिला अबकी बेर बाटम थ्री में आइल बा. शायद अब आइन्दा से विद्यार्थी नकल का फेर में ना रह के पढ़ाई पर ध्यान दीहें. उम्मीद त कमे बा बाकिर दोसर कवनो राहो नइखे.

बिहार भाजपा का बइठक में अइहें नरेन्द्र मोदी आ वरुण गाँधी

पटना में होखे जा रहल भाजपा के राष्ट्रीय कार्यकारिणी का बइठक में नरेन्द्र मोदी आ वरुण गाँधी शामिल होखीहें आ १२ जून के गाँधी मैदान में होखेवाली सभा में दुनु जने भाषणो दीहें. जदयू एह बात आपत्ति प्रकट कर चुकल बा कि भाजपा एह दुनु जने के बिहार में होखेवाला चुनाव में इस्तेमाल मत करे काहे कि एहसे ओकर समर्थक मुस्लिम वोट बिदक सकेला.

शेयर बाजार फेर ढहल

यूरो में आइल जबरदस्त गिरावट का चलते भारत के शेयर बाजार ढह गइल आ सूचकांक ३७२ अंक नीचे गिर के १६५७२ पर बंद भइल. दोसर कारण इहो रहे कि चीन चेतावनी दिहले बा कि दुनिया के अबही बड़ वित्तीय संकट देखे के बा.

एशिया कप क्रिकेट में भारत ना खेली

क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड आफ इण्डिया चीन में नवम्बर में आयोजित एशियाई खेल में पहिला बेर शामिल क्रिकेट प्रतियोगिता में शामिल ना होखे के फैसला लिहले बा. बोर्ड का मुताबिक ओह घरी ओकर टीम के बहुते व्यस्ता कार्यक्रम बा, न्यूजीलैण्ड के टीम भारत आवे वाली बा आ ओकरा साथे तीन गो टेस्ट आ पाँच गो एकदिना मैच खेले के बा.

0 Comments