जब यश आ अंजना बुकिंग क्लर्क बन गइल

booking-clerk-Anjanaसिनेमा भोजपुरी के गरम ठेकुआ अभिनेत्री अंजना सिंह आ भोजपुरी के राइजिंग स्टार यश कुमार ओह बेरा भँउचक हो गइल जब “दिलदार सांवरिया” के प्रोमोशन क दौरान लोग उनुके हाथ से टिकट खरीदी. बात मुजफ्फरपुर के शकुन्तला आ शेखर सिनेमाघर के होखत बा जहाँ दुनु कलाकार एह फिलिम के प्रचारक उदय भगत का साथे चहुँपल रहे. दुनु जने मौजूद दर्शकन के भरपूर मनोरंजन कइलें. दर्शकन का माँग पर ठुमको लगावल लोग आ जब दर्शकन के माँग भइल कि ओहीलोग का हाथ से टिकट खरीदी लोग त दुनु कलाकार करीब आधा घंटा ले टिकट कटलें आ हाउसफुल के बोर्ड टंगवाइए के बाहर निकललें. एह दौरान अंजना टिकट देत रही आ यश कैशियर बनल रहलें,

जान जाईं कि पिछला १४ जून के बिहार में रिलीज़ भइल एह फिलिम “दिलदार सांवरिया” के दर्शको से बढ़िया समर्थन मिलल बा आ ओपनिंग कलेक्शन बहुते बढ़िया रहल. भोजपुरी फिलिमन के सबले बड़ निर्माता आ एह. फिलिम के वितरक आलोक अबले नौ गो फिलिम बना चुकल बाड़ें आ अपना फिलिमन के वितरणो अपनही करेलें. पहिला बेर कवनो दोसरा निर्माता के फिलिम वितरित करतो आलोक कुमार अपना सफलता के रिकोर्ड कायम रखले बाड़न.


उदय भगत

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।