भारी भीड़ जुटावत सफल रहल ’भोजपुरिया मजदूर’
-

पिछला हफ्ता मुंबई आ यूपी में रिलीज भइल फिलिम ’भोजपुरिया मजदूर’ के दर्शक बहुते पसंद कइले बाड़ें आ सभतत भारी भीड़ जुटत बा एकरा देखे के. उम्मीदो से बेसी सफल एह फिलिम के आई एल गुप्ता फिल्म्स के बैनर में नवोदित हीरो मुकेश कुमार के लेके बनावल गइल बा आ उनुकर साथ दिहले बाड़ी आ सिने तारिका प्रतिभा पाण्डेय.

एह फिलिम ’भोजपुरिया मजदूर’ क जरिए मजदूरन के हक़ के लड़ाई लड़े वाला आ दहशतगर्दी मेटावे वाला जाबांज नवही के केन्द्रीय भूमिका निभावत मुकेश कुमार सिने प्रेमियन पर आपन बढ़िया छाप छोड़त बाड़न.

फिलिम के लेखक / निर्देशक अमर बेताब, सह निर्माता अरुण कुमार गुप्ता, कार्यकारी निर्माता मंगलेश गुप्ता, गीतकार विनय बिहारी, अशोक सिन्हा अउर इमरान अंसारी, संगीतकार गुणवंत सेन आ नितेश रंजन, कैमरामैन श्यामल चक्रवर्ती, डांस निर्देशक बाली आ रविन्द्र गवास, आ मारधाड़ मास्टर हीरा यादव हउवें. मुख्य भूमिका में मुकेश कुमार, प्रतिभा पाण्डेय, बंदिनी मिश्रा, बाली सिंह (छेदी), गोपाल राय, समर्थ चतुर्वेदी, नीरज राज पोडेल, देव सिंह, कैलाश चौधरी, मनीष गुप्ता, प्रीति सिंह, नीरू सिंह, ओम प्रकाश गुप्ता आ दीपक भाटिया बाड़ें. आइटम डांस पुर्निला के बा.


(अपना न्यूज)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts