मर्द नम्बर वन : सात देश में एके साथ रिलीज

अपना फिल्म ससुरा बड़ा पइसावाला से भोजपुरी सिनेमा के नया जीवन देबे वाला भोजपुरी सिनेमा के मेगा स्टार मनोज तिवारी भोजपुरी सिनेमा के अंतर्राष्ट्रीय फलक दिअवले बाड़े. अब उनकर फिल्म मर्द नम्बर वन भोजपुरी सिनेमा का इतिहास में एगो नया मील के पत्थर गाड़े जा रहल बिया. ई फिल्म भोजपुरी के पहिलका फिल्म होखी जवना के दुनिया के सात गो देश में एके साथ रिलीज कइल जाई. फिल्म के समुद्रपार अधिकार एगो मशहूर वितरण कंपनी ऊँच दाम पर खरीदले बिया आ एह फिल्म के भारत, नेपाल, मारीशस, हालैण्ड, मस्कट, सउदी अरबिया, आ थाईलैण्ड में एके दिने रिलीज कइल जाई.

एह खबर से भोजपुरी सिनेमा जगत में खुशी के माहौल बन गइल बा. हालैण्ड के एगो अखबार मनोज तिवारी के एह पहल के स्वागत कइले बा. लिखले बा कि एह से दुनिया में भोजपुरी सिनेमा के एगो नया ऊँचाई मिली. मनोजो तिवारी एह बारे में उत्साह में बाड़न आ कहले बाड़न कि दुनिया भर में पसरल भोजपुरी भाषियन के ई जान के गर्व महसूस होखी कि उनका अपना भाषा के फिल्म के विदेशो में रहे वाला भोजपुरिया आ गैर भोजपुरिया लोग देखी.

बतावल जा रहल बा कि सातो देश में वर्ल्ड प्रीमियरो करे पर विचार कइल जा रहल बा जवना में मनोज तिवारी का साथे मर्द नम्बर वन के पूरा टीम मौजूद रही.


(स्रोत : शशिकान्त सिंह )

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..