अटल बिहारी वाजपेयी एम्स में भरती करावल गइनीं
-

नयी दिल्ली 11 जून (वार्ता) देश के प्रधानमंत्री रह चुकल आ भारतीय जनता पार्टी के पुरनिया नेता अटल बिहारी वाजपेयी जी के आजु सोमार का दिने नियमित जांच खातिर अखिल भारतीय आयुर्विज्ञान चिकित्सा संस्थान (एम्स) में भरती करावल गइल बा.
एम्स से से जारी बयान में बतावल गइल बा कि वाजपेयी जी के नियमित जांच आ परीक्षण खातिर अस्पताल में भरती करावल गइल बा. उहाँ के तबियत स्थिर बा. एम्स के निदेशक डॉ रणदीप गुलेरिया के देख-रेख में डाक्टरन के टीम उनुका स्वास्थ्य के निगरानी करत बिया.
जान जाईं कि 94 बरीस के वाजपेयी जी बहुते लमहर समय से बीमार चलत बानी आ राजनीति में सक्रिय नइखीं.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts