अपने से आ जइबऽ त ठीक, ना त ….

तबलीगी जमातियन का चलते पूरा देश त्राहिमाम कइले बा. अकेले यूपी में डेढ़ हजार से बेसी जमाती चिन्हाइल बाड़ें जवनन में से साढ़े बारह हजार से बेसी जमातियन के कोरोना छूताह होखे का अनेसा का चलते क्वेरेन्टाइन कइल गइल बा. आजु मंगल के दुपहरिया ले यूपी में कोरोना छुआइल 314 गो मरीज मिल चुकल बाड़ें आ एहमें से 159 गो जमाती हउवें. जस जस जाँच होखल जात बा तस तस ई गिनिती बढ़ल जात बा.
अपर मुख्य सचिव गृह अवनीश अवस्थी कहले बाड़न कि अगर मरकज में शामिल कवनो जमाती अबहियों छूटल बा त अपने से सामने आ जाव आ अपना के जाँच ला हाजिर करावे. ना त अगर बाद में जाँच में केहू धराइल त ओकरा खिलाफ कड़ा एक्शन लीहल जाई.
प्रमुख सचिव, स्वास्थ्य आ परिवार कल्याण अमित मोहन प्रसाद बतवले बाड़न कि राज्य के 37 जनपदन में कोरना पसर चुकल बा. अबले 6073 जांच नमूना लैब में भेजल गइळ बा जवना में से 5595 लोग के रिपोर्ट निगेटिव आइल बा.
यूपी सरकार तय कइले बिया कि कोरोना के लक्षण ना होखला का बावजूद अगर केहू डेराइल बा त ओकरा के अस्पतालन का नियरा कवनो मकान में राखि के इलाज करावल जाई. अस्पताल में ओही मरीजन के राखल जाई जोकरा के कोरोना छूत ध लिहले बावे. अगर जिला में मरीजन के गिनिती कम रही त सगरी मरीजन के एके अस्पताल में इलाज ला भरती करावल जाई आ बाकी अस्पतालन के इस्तेमाल दोसरा मरीजन ला कइल जाई.
लेवल 1 वाला अस्पताल कवनो सीएचसी के बनावल जाई. लेवल-2 में 6 गो डेडिकेटेड हास्पिटल आ पैंतालिसो मेडिकल कॉलेजन मिलाके 51 गो अस्पताल आ लेवल-3 में गम्भीर मरीजन ला 6 गो अस्पतालन के राखल जाई.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..